Jump to content

पाकिस्तान के भूगोल

विकिपीडिया से
SM7 (बातचीत | योगदान) (पन्ना बनावल गइल "'''पाकिस्तान के भूगोल''' मजिगर बिबिधता वाला थलरूप आ हा..." के साथ) के द्वारा 05:20, 22 मार्च 2018 के बदलाव
(अंतर) ← पुरान बदलाव | हाल के संसोधन (अंतर) | नया बदलाव → (अंतर)

पाकिस्तान के भूगोल मजिगर बिबिधता वाला थलरूप आ हावापानी वाला बा जहाँ पाकिस्तानी अधिकार वाला काश्मीर के बरफ से तोपाइल परबत से ले के हिंदुकुश के पहाड़ी इलाका, पंजाब (पाकिस्तानी) आ सिंध के मैदान, रेगिस्तान आ बलूचिस्तान के इलाका सामिल बा, आम तौर पर सूखा प्रभावित मानसूनी जलवायु वाला ई देस लोग, संस्कृति आ आर्थिक-सामाजिक बिकास के हिसाब से भी भूगोली बिबिधता वाला बाटे।

पाकिस्तान के पूरबी सीमा भारत से आ उत्तर-पच्छिमी सीमा अफगानिस्तान से मिले ला, पच्छिम में ईरान बाटे आ पाकिस्तान के अधिकार वाला कश्मीर के सीमा चीन देस से भी जुड़े ला। एकरे दक्खिन में अरब सागर बा आ सिंधु नदी इहाँ के सभसे प्रमुख नदी हवे। भूबिज्ञान के हिसाब से, पाकिस्तान भारतीय-आस्ट्रेलियाई प्लेट आ यूरेशियाई प्लेट के टकराव वाला इलाका हवे आ भूडोल आवत रहे लें।

कुल 796,096 वर्ग किलोमीटर (8.56911×1012 वर्ग फु) रकबा वाला ई देस, एह हिसाब से दुनिया के छत्तीसवाँ देस हवे आ कैलिफोर्निया से लगभग दुन्ना आ अल्बर्टा प्रांत से कुछ बड़हन साइज के देस बा।

संदर्भ